You are welcome to my youtube channel "Sangeet Shiksha Darpan"
Please like, comment and share.
If you like the video please do not forget to click the subscribe button and hit the bell icon .
जेकरा गौवाँ में सुख के विहान होखेला।
ओही गौवाँ में हमरो प्राण बसेला ।।
जहवाँ कोयल गावेली लोरी,
झिनगे-झिंगुर फोरी-फोरी
जहवाँ चकियन के अँखियन में चान बसेला ।
ओही गौवाँ में हमरो प्राण बसेला ।।
जहवाँ सबकर मन हो चंगा।
बहेला हो कठवती में गंगा
जहवाँ करघा में गीता-पुराण बसेला ।
ओही गौवाँ में हमरो प्राण बसेला ।।
पपीहा पीहू-पीहू बोले।
मैना मनका गँठवा खोले ।।
जहवाँ सुगना के मुँह में श्रीराम बसेला ।
ओही गौवाँ में हमरो प्राण बसेला ।।
जहवाँ सूरज पहले नहाला।
जहवाँ पथरो पहले पूजाला ।।
जहवाँ नदियन में माई के मान बसेला
ओही गौवाँ में हमरो प्राण बसेला ।।
जेकरा गौवाँ में सुख के विहान होखेला।
ओही गौवाँ में हमरो प्राण बसेला ।।
24 апр 2023